बोलS बोलS बाबा बालेश्वर नाथ की
धनि गेरुआ गमछिया हो बांधे द 2
सभे रेडी बा कावर हाई कान्हे द 2
जाये के बा दूर बड़ी बाबा धाम नगरिया
तुहि बाड़ पिया मोर सावरिया
ये हो देवघर से सेनुर टिकुली के पुड़िया
जतरा बिगाड़ जनि बात मान प्यारी 2
सुनीला की महादेव के महिमा बा भारी 2
गेरुआ ड्रेस पेन्हि चलले कावरिया
तुहि बाड़ पिया मोर सावरिया
ये हो देवघर से सेनुर टिकुली के पुड़िया
सावन में पावन लागे बाबा दरबार हो 2
दर्शन करेला लोगवा जुटला आपार हो 2
स्याम सन्यासी राहुल खोल देले गड़िया
तुहि बाड़ पिया मोर सावरिया
ये हो देवघर से सेनुर टिकुली के पुड़िया