बोल बोल बफोरन वाली मैया की जय
बोल बोल पहाड़ वाली मैया की जय
साच बात हैं काल्हे हम सपना देखले बानी 2
शेर पर बइठल रहली लाल चुनार ओढ़ महारानी 2
देर अब ना कर कल सब तैयारी 2
नवरात आइल हमरो घरवा मईया आवा ताड़ी 2
कोहरा से लेले आवा दियवा ढकनिया
पउवा पखारे खातिर गंगा जी के पनिया
पनहरिया से पान पतईया हलुवइया से मिठाईया
चूड़ी हरवा से लाले चूड़ी लेले अईह सईया
नवरात आइल हमरो घरवा मईया आवा ताड़ी 2
जग मग जरत रहे रथवा के ज्योति 2
सब देवता सरन आवे कोटि कोटि 2
चौसठ जोगम चवर डोलावे लहरे लाल पटाखा 2
जय कारा से गुज रहल बा गांव नगर इलाका 2
झुलुआ लगाव हाली मिनिया के डाली 2
नवरात आइल हमरो घरवा मईया आवा ताड़ी 2