कथि के चटईया पापा हो बिछवले बाड
कुश के चटईया बेटी बिछवले बानी
काठ के करेजवा बेटी हो बनवले बानी
आंखी के पुतरीया पापा हो तहरे रहनी
कईसे बिषरईब पापा हो दुलारी रहनी
आँगना के तुलसी बेटी हो तू ही रहलू
तुहि घर के कोयलिया रहलू हो
पड़ते सेनुरवा बेटी हो कोयलिया रहलू हो
केतनो मनाई पापा हो माने नाही लोखा नएनवा बहे हो छूटल जाता साखिया सहेलिया हो
दुनिया के रीत बेटी हो ईहे बाटे हो
ससुर घर बेटी हो आपन होला पापा घर पराया होला हो