जाके सिवाला पे कईनी जलढारी।
सावन के भुखनी सोलहो सोमारी।।
जोड़ी दुनु हथवा पूजनी शिव के चरण ।
तूही दूल्हा बन हमरो सातो जनम
टूटे नाही नाता हई जनमों जनम भोला से....2
भोला के पूजी पूजी तोहरा के पवले बानी।
दिलवा पे अपना तोहरे नमवा हो लिखलवे बानी"
तुहो पराण हब तूही हमार जान हो"
राख हमेसा खुशहाल भगवान हो।।
तूही दूल्हा बन हमरो सातो जनम
टूटे नाही नाता हई जनमों जनम भोला से....
सब पूरा भईल सपना मोर जिनगी सवर गईल
अचरा ई खुशी से सैया जी भर गईल।
नीरज निर्मल अंकित बलम हो।
मिट गईल पूरा मनवा के गम हो।।
निके पईनी फलवा निके कईनी करम
तूही दूल्हा बन हमरो सातो जनम
टूटे नाही नाता हई जनमों जनम भोला से....