अरे, अरे कारेजा कैसे कटी ई बार होली रंग अबीर सब हमरे खातिर फीका हो गईल और हर साल हम तोहरे पास रहत रहनी ए जान बतावा ई का हो गईल।।
हम बानी परदेस धनिया मन आउझ्यिल बा छुट्टी नइखे मिलत फागुन भीनी अराईल बा....2
अरे सौत भईल बिया तोहर नोकरिया राजा जी
होलिया में घरे आजा ए सवारियां राजा जी
अरे होलिया में घरे आजा मोर सवारियां राजा जी... बुझनी
फीका फीका लागे रंग अबीर ए पिया तोहरे के खोजा ता शरीर ए पिया
हमरो त होला अफसोस धनिया सब बा नसीब बे के दोस धनिया
बिरहा जगावे बोली कोइलारिया राजा जी
होलिया में घरे आजा मोर सवारियां राजा जी ...2
होलिया में मरद सब कर अइले घरे जी सेज पे जवानी मोर अकेले जरे जी
देवरा नीरज शिवम संगवा हो जम के खेला धनी रंगवा हो
अरे छोड़ा नौकरियां धला रेल गाड़ीया राजा जी
होलिया में घरे आजा मोर सवारियां राजा जी...2