जल्दी बोलवा अपना पास हमर सैया
तीसरे चुनरिया तोहार मइल ये राम
हम के भुलाई गैइलो जोश आ जवानी में
अरे सजनी रे काम नही आई गुडवा भइल ये राम
तीसरे चुनरिया तोहार मइल ये राम
कुछ नही होई अब तो रोवला से रानी
पाप के गठरिया तोहार कहता कहानी
लाख चौरासी योनि कब फेरु जनम होई
लाख चौरासी योनि कब फेरु जनम होई
अरे सजनी रे चली ना बहाना कौनो कइल हे राम
तीसरे चुनरिया तोहार मइल ये राम