माथ प से लुगा हटाई चाहे रखी
केकर मजाल बा की बोल दी ऐ सखी -2
गोरखपुर से पटना तक पियके के बोल बाला हो
त मार के चलब उल्टी पाला हो
राजा रंगबजवा से दुनिया डेराला हो
त मार के चलब उल्टी पाला हो -2
दस बीस लोग उनकर करे अगुवाई
बढिया-बढिया जाना ओहिजा भरेलन पानी
मोरे राजा जी के बहुते चलाना बढेवु
बोलेले त बाघ गरजे अईसन बुझाला
त मार के चलब उल्टी पाला हो
सोभेला पठान सुट संईया के शरीर में
एके पीस बडले बाडे चिन्ह जईबू भीड में
राजा सब जानेले गोल तब फानेले
देवर पवन औरी राजा जी के खुब मानेले
पियवा अंकुशवा के चारो ओरे हाला हो
त मार के चलब उल्टी पाला हो