भोरवे में नदिया नहाईला आदित मनाईला हो
बाबा फूलवा अक्षतवा चढ़ाईला सब गुण गाईला हो

अइहे बलम घर लागी अन्हरिया से बोझिल हो
बाबा अँगने में मांगीला अंजोर ई मथवा नवाईला हो

गजमोती चउका पुराईला अंचरा बिछाईला हो
बाबा अँगने में फूलवा त लागेला फलवा लगाईला हो

ताना देके कहेले गोतीनिया ई बाँझ बा बझीनिया हो
बाबा सुनी सुनी बोलिया गोतीनिया मो लोरवा बहाईला हो

चुप रहु धीर धरूँ दुखिया ना सुन रही कोखिया नु हो
बस आजु के नव ये महिनवा होरिला मुस्काईला हो