बोला केतना करेलु तू प्यार-2
छोड़ीहा ना साथ कबहूँ भले आई कउनो बाधा-2
जबले जियब ना कबो बदली इरादा -2
राजा तोहके चाहिला हम जनवो से ज्यादा-2
जबले तरईया रही, नेहिया के छईया रही
तोहरे भरोसे हमार घर अंगनईया रही
सात फेरा के सातो बचन सईया
बाटे तोहरे से सब हमार धन सईया
कृष्णा के प्रेम अमर कइली द्वापर में जइसे राधा
धड़कन में रहबा तुहीं तोहँसे बा वादा
राजा तोहके चाही ला.......-2
तुही जहनवा हउ, सब अरमनवा हउ
दिल के भितरिया बसल दिल के धड़कनवा हउ
कि अब आई ना हमनी के मौत जबले
जरब दीपक के साथ बनी जोत तबले
एगो प्यार वाली गीतिया आवा साथे तू हमरा गादा
अरविन्द निषाद बिर्जेश सबसे बतादा
राजा तोहके चाहिला हम........-2