ए पिया कहला पs लागेलs आन हो, मारs देले बाडs करेजा पs बाण हो.....2
अरे चेहरा के पानी झरल, बदलल बाटे हुलिया जी,
अरे बेच के दारू पी गईलs हमरs चानी के दिहल हसुलिया जी
बेच के दारू पी गईलs हमरs चानी के दिहल हसुलिया जी
पहिला बेर पायल बेचलs गईल चसक हो, मेहरी के नाते पुछल बाटे हमर हक़ हो....2
खाना पीना बंद होई त जराइ लिहबs न चुल्हिया जी
अरे बेच के दारू पी गईलs हमर चानी के दिहल हसुलिया जी
बेच के दारू पी गईलs हमरs चानी के दिहल हसुलिया जी
की ससुरा से नईहर होके तोहरे लहाला, शशि शराबी तोहर चाल न सहाला
ससुरा से नईहर होके तोहरे लहाला, धड़कन धनञ्जय तोहर चाल न सहाला
बेर बेर चलावेला काहे हमारे पर हसुलिया जी
अरे बेच के दारू पी गईलs हमर चानी के दिहल हसुलिया जी
बेच के दारू पी गईलs हमरs चानी के दिहल हसुलिया जी ||