काठ के शश्त्र बनवला ए लोहरू, गौरी गनेश के निवाश हो....2
कठवे के बाबा विश्वकर्मा बनवल, कहे ना डललs सांस हो....2
लकड़ी के पीढ़ई आ लकड़ी के चौका, लकड़ी के हाथी सोहेला सोझौका .....2
फल फुल पान लेके आईनी चढ़ावे, मनवा हो गईले उदास हो
कठवे के बाबा विश्वकर्मा बनवल, कहे ना डललs सांस हो....2ss
गजबे के मूर्ति रचला ए लोहरू, विश्व के रचवईया के
लागे के स्वर्ग से धरती पे लईल, दुहे हाथी चढवईया के
आज चंदेश्वर धडकन धनञ्जय, बाबा के रहिये पास हो
कठवे के बाबा विश्वकर्मा बनवल, कहे ना डललs सांस हो....2