LyricFind Logo
LyricFind Logo
Profile image icon
Lyric cover art

Badi Bhag Se Milal Nokariya

Apple Music logo
Deezer logo
Spotify logo
Lyrics
कहिया ले रहब बोलS बलमु बिदेशवा में
अंखिया रोज रोज देखेले डहरिया हो
अंखिया रोज रोज देखेले डहरिया हो
हमके बियोग आपन लगलू सुनाये गोरी
तू हीं नहीं करे नाही देहलु खेतीबरिया हो
तू हीं नहीं करे नाही देहलु खेतीबरिया हो
हमके बियोग आपन लगलू सुनाये गोरी
तू हीं नहीं करे नाही देहलु खेतीबरिया हो
आवे के नाम नाही ले लS तू घरवा के
खाली भेज देलS चिठ्ठी पत्रिया ओ
खाली भेज देलS चिठ्ठी पत्रिया ओ
आवे के नाम नाही ले लS तू घरवा के
खाली भेज देलS चिठ्ठी पत्रिया ओ
घरवा रहनी तS के ना आवारा कहल
बड़ी भाग से ई मिलल बा नौकरिया हो
बड़ी भाग से ई मिलल बा नौकरिया हो
घरवा रहनी तS के ना आवारा कहल
बड़ी भाग से ई मिलल बा नौकरिया हो
जोहे में बिट जाई जबकि जवनिया
कवन काम आई तोहरी नोकरिया हो
कवन काम आई तोहरी नोकरिया हो
जोहे में बिट जाई जबकि जवनिया
कवन काम आई तोहरी नोकरिया हो
कुछउ पावे के खातिर कुछउ गावाल जाला
का देखावे लू जवानी के लहरिया हो
का देखावे लू जवानी के लहरिया हो
कुछउ पावे के खातिर कुछउ गावाल जाला
का देखावे लू जवानी के लहरिया हो
रउवा के हुब बाटे रूपया कमइला के
नागिन भईल बाटे घरवा सेजरिया हो
नागिन भईल बाटे घरवा सेजरिया हो
रउवा के हुब बाटे रूपया कमइला के
नागिन भईल बाटे घरवा सेजरिया हो
मुहवा के मोडल जाला मनवा बटोरल जाला
बोले गईल परदेशी तकदीर हो
बोले गईल परदेशी तकदीर हो
मुहवा के मोडल जाला मनवा बटोरल जाला
बोले गई है परदेशी तकदीर हो
मड़ई में रहल जाई रजऊ तू पजरे रहS
हमके चाही नाही महल अटरिया हो
हमके चाही नाही महल अटरिया हो
मड़ई में रहल जाई रजऊ तू पजरे रहS
हमके चाही नाही महल अटरिया हो
हमरे जिमे बा गोरी घरवा संभरले के
तोहरे जिमे बाड़े बाप महतरिया हो
तोहरे जिमे बाड़े बाप महतरिया हो
हमरे जिमे बा गोरी घरवा संभरले के
तोहरे जिमे बाड़े बाप महतरिया हो
कहिया ले रहब बोलS बलमु बिदेशवा में
अंखिया रोज रोज देखेले डहरिया हो
तू हीं नहीं करे नाही देहलु खेतीबरिया हो
अंखिया रोज रोज देखेले डहरिया हो
तू हीं नहीं करे नाही देहलु खेतीबरिया हो
अंखिया रोज रोज देखेले डहरिया हो

WRITERS

Pyare Lal Yadav

PUBLISHERS

Lyrics © ViaNet Media Pvt. Ltd.

Share icon and text

Share


See A Problem With Something?

Lyrics

Other