अब त भगवान जी से एतने दुआ मांगी
तु जे मिल जा सनम त और हम का मांगी
दिल के संगीत के सुर के तहके तान बना लेती
तहरे के धड़कन तहके जान बना लेती
चलनी से देखे वाला चाँद बना लेती
मान लिहनी तहरे साथे बिताइब जनम
अंखिया जेके खोजे तूही हउआ उ सनम
तहरे के सपना अरमान बना लेती
चलनी से देखे वाला चाँद बना लेती
तूही हमर हिरा मोती सगरो रतन
मांग ल पिंकू जवन होखे तहरो हो मन
गुल बनके तहके गुलफाम बना लेती
चलनी से देखे वाला चाँद बना लेती.