आवा आवा मैया अंगना ना हमार हो
बेटा तोहार बेरी बेरी कर ता गुहार हो
आवा आवा मैया अंगना ना हमार हो
बेटा तोहार बेरी बेरी कर ता गुहार हो
पनवा कसैली धैनी कुल्हि जोग जपवा कइनी ना मोहैलु हो
(जय जय मैया जय जय मैया जय माँ)
पनवा कसैली धैनी कुल्हि जोग जपवा कइनी ना मोहैलु हो
ए मैया मोरी एही रहिया गइलू भोरहरिया सेवकवा घरवा काहे ना अइलू हो

लाले लाले अड़हुल के लाली मुरझाइले
केतनो जरैनी अगिया दूध ना फफैले (हो हो होह)
पूवा पूड़ी चना गुरवा छुवलू ना कतई
हरियर हरियर जव के सुख गइल पतई (जय माँ)
कवने कारणवा अखवा बन कइलु हमरा जस के तू भोरैलु हो
ए मैया मोरी एही रहिया गइलू भोरहरिया सेवकवा घरवा काहे ना अइलू हो
ए मैया मोरी एही रहिया गइलू भोरहरिया सेवकवा घरवा काहे ना अइलू हो
भूल चुक माफ कद तू शक्ति सोना के
माई कैसे सहताड़ू बेटा के रोना के (हो हो होह)
गोलू बिशुनपुरी मुड़ी चरण में राख के
तहारे जगवतरे माई हो अलख के (जय माँ)
रहनी हम जोहत सारण तब काहे आपन चरण नाहीं धईलू हो