रात दिन पियतारS दारु ला के फ़ारबS का मेहरारू
रात दिन पियतारS दारु ला के करबS का मेहरारू
देवरु रोज होई घर में झगडवा ना
देवरु रोज होई घर में झगडवा ना झगडवा ना
जहिया आ जाई मेहरारू पियल छोड़ देहब दारु
भउजी होई नाही घर में जगडवा ना
जेकरा आदतिया बिगड़ जले कबहुँ नाही छूटी
कबहुँ नाही छूटी देवरु कबहुँ नाही छूटी
सुख सम्पत ना घर में आवे किस्मत जाले फूटी
केहू खाड़ा नाही होखेला पंजरवा ना
पंजरवा ना हो पंजरवा ना हो पंजरवा ना
केहू खाड़ा नाही होखेला पंजरवा ना
विजय भान साँवरिया जईसन हमरा के ना जाना
हम नाही हाई विकाश जइसे दारू के दीवाना
हम ना घूमे जाईब गोविन्द संघे बहरवा ना
बहरवा ना हो बहरवा ना हो बहरवा ना हो
हम ना घूमे जाईब गोविन्द संघे बहरवा ना
बहरवा ना हो बहरवा ना हो बहरवा ना हो