प्रेम के दियरा दिल मे जगा के बोल कबले राखी
बन के बावरिया तोहरी डगरिया पगली कबले ताकि
अब त अशुअन से बह गईल कजरवा
बलम तू त होगईल गुलरी के फुलवा
बलम हाए तू त होगईल गुलरी के फुलवा
हो मिलिहे सनम हम से जब मुस्कुरा के
देखते समा जईहे बहिया में आके
मासूम यार से मिलन के खुशी में
दिल मे ना धड़कन अटक जाए आके
अब त लागे ला माहुर सिंगरवा
बलम तू त होगईल गुलरी के फुलवा
बलम हाए तू त होगईल गुलरी के फुलवा
पानी बिन जईसे तड़पे मछरिया
ओसहि तड़पे ले तोहरी गुजरिया
हो कवना कसूर दूर भईल सवरियां
हमरा के छोड़ मोड़ लिहल नजरिया
कवना बदरा के अचरा में चनवा आज लुकाईल
अब त घेरले बा सगरो अंहरवा
बलम तू त होगईल गुलरी के फुलवा
बलम हाए तू त होगईल गुलरी के फुलवा