कुछ त लगाव रहे पिछला जनम से
एही से नाता तोहार जुड़ गइल हमसे
ह ह कुछ त लगाव रहे पिछला जनम से
एही से नाता तोहार जुड़ गइल हमसे
कइलू अजुरिया जिनगी में आके
जिनगी में आके हो जिनगी में आके
जड़ा गईनी हम ऐ सनम तोहके पाके
जुड़ा गईनी हम ऐ सनम तोहके पाके
भले हम कहीं भी रही ऐ हमार जान हो
साँच कहतानी रानी कसम तोहार खा के
जुड़ा गईनी हम ऐ सनम तोहके पाके
जुड़ा गईनी हम ऐ सनम तोहके पाके
जहिए न कबहु छोडके हमसे ना मुँह मोड के
कबो खुश रहब ना ये दिल जानिया
जबले जियब राखब प्रीतपान पा के
जुड़ा गईनी हम ऐ सनम तोहके पाके
जुड़ा गईनी हम ऐ सनम तोहके पाके