लईकी जात देखी ओन टोन बोले लस 2
चली गली में त आगे पीछे डोले लस 2
बन के कमीना आवे लस रोजीना मन करेला सुतवाल कहेके
सब लईकन के आदत पुरान हवे कवनो लईकिन के माल कहेके 2
मारे लस सीटी त मन करे पीटी धके कालर फेक दीही खालका में
देखी के अबर होले स बेखबर लेवे लस लईकिन के हलका में
पढ़े में जीरो बने लस हीरो लईकन के नईखे आज काल कहेके
सब लईकन के आदत पुरान हवे कवनो लईकिन के माल कहेके 2
आई जब पढ़ के हम साइकिल पे चढ़ के कहे लस लागतारू फाइन
कही के फुरगुदी ऊ आंख एगो मुदी मारे लस कनखी पे लाइन
खुशबू आजाद पछतई हे स बाद अब लईकन के नईखे हो हाल कहेेके
सब लईकन के आदत पुरान हवे कवनो लईकिन के माल कहेके 2