गंगा जी नहाइबो ए बाबा जल भर के अइबो
ताहि गंगा जलवा ए भोला तोहके चढ़इबो
ताहि गंगा जलवा ए भोला तोहके चढ़इबो
काँवर उठाइबो ए बाबा दुवरा पे अइबो
भगिया चढ़इबो ए भोला तोहके मनइबो
ताहि गंगा जलवा ए भोला तोहके चढ़इबो
अलख जगइबो ए बाबा सिरवा झुकाइबो
तोहरे चरणीया में ए भोला नेहिया लगइबो
ताहि गंगा जलवा ए भोला तोहके चढ़इबो
दर्शन पाइबो ए बाबा भगिया जगाइबो
मनजीत महेश से ए बाबा भजन गवइबो
ताहि गंगा जलवा ए भोला तोहके चढ़इबो