जलवा चढ़ाइब हमू पहिला सोमारी
कइले बानी सईया अबकी कुल्हि तैयारी
जलवा चढ़ाइब हमू पहिला सोमारी
कइले बानी सईया अबकी जायेके तैयारी
छोड़िहा कवरवा जनि हड़बड़ में राजा हड़बड़ में
मेला लागल बाटे सईया असो देवघर में
मेला लागल बाटे सईया असो देवघर में
अपना दुवरिया पs बोलवले बाड़े भोला
बाटे मशहूर ओहिजा के संखा पोला
अपना दुवरिया पs बोलवले बाड़े भोला
बाटे मशहूर ओहिजा के संखा पोला
पूरा मनोकामना होला छन भर में राजा छन भर में
मेला लागल बाटे सईया असो देवघर में
मेला लागल बाटे सईया असो देवघर में
कबो नाही ख़तम होइ झमेला पिया घर के
बानी प्लान कइले सईया जी सोहर के
कबो नाही ख़तम होइ झमेला पिया घर के
बानी प्लान कइले सईया जी सोहर के
कई देनी हाला सईया टोला भर में सईया टोला भर में
मेला लागल बाटे सईया असो देवघर में
मेला लागल बाटे सईया असो देवघर में