जब तक रही इ जिन्दगी फुरसत ना मिली काम से
कुछ समय निकाल के ए भाई प्रेम कईलs राम से - 2
स्वार्थ के दुनिया में ए बाबू झूठो के मोह माया बा
जेके आपन समझत हवा सभे कोई पराया बा - 2
जीवन सफल हो जाई कृष्ण हरी के नाम से
जब तक रही इ जिन्दगी फुरसत ना मिली काम से
कुछ समय निकाल के ए भाई प्रेम कईलs राम से - 2
मर मर के जेतना पईसा बड़ा तुहू कमइले हो
अंत समय में सब रह जाई धइले के धइले हो - 2
पार हो जाई नईया बाबू तोहार आराम से