होली है गोरे गोरे होली है भोरे भोरे
लागल फगुनाहटा बेयार बाटे देंहिया में
रंगवा लगावे के लगावे के विचार बाटे देंहिया में
लागल फगुनाहटा बेयार बाटे देंहिया में
रंगवा लगावे के लगावे के विचार बाटे देंहिया में
धइले बोखार बाटे पोरे पोरे पोरे पोरे पोरे पोरे
भउजी रे थोड़े थोड़े रंगब गाल गोरे गोरे
ना देवरा जो रे जो रे पाला लागि भोरे भोरे
ए भउजी रे ढेर फुसिलावाला के काम नइखे
आ अइसे बुरबक बनावला के काम नइखे
ननदि के हमरा भइयावा रे बरियारी ना चली
दे देहब काटल काटल गरिया हम रंगदारी ना चली
अभिये मचाई देब शोरे शोरे शोरे शोरे शोरे शोरे
भउजी से थोड़े थोड़े रंगब गाल गोरे गोरे
ना देवरा जो रे जो रे पाला लागि भोरे भोरे
नाया बा साया नाही नास कर हो
ए भउजी रे देवरा के दिलवा ना उदास कर हो
काहे करतारु चोन्हा बरदास कर हो
अपना दुवरिया के भीतरी आज हेले ना देहब
तहरा के आउर बाउर खेला हो हम खेले ना देहब
डाले ना पइब तू डोरे डोरे डोरे डोरे डोरे डोरे
भउजी रे थोड़े थोड़े रंगब गाल गोरे गोरे
ना देवरा जो रे जो रे पाला लागि भोरे भोरे