हमार जान लेके जान कहवाँ चल गईलु जान हो
हमार जान लेके जान कहवाँ चल गईलु जान हो
माटी में मिला दिहलु सारा अरमान हो
प्रीत में हमके दगा दिहलु तू
पल भर में सपना भुला दिहलु तू
छीन लिहलु तू चैना दर्द घटले घटेना
कट गईल पंख अब त ना उड़ी मन के मैना
चारु ओर छागईल गम के बदरिया
सूझे ना रहिया सगरो पसरल अंहरिया
ना जाने जईसन सजा दिहलु तू
पल भर में सपना भुला दिहलु तू
तु त बढ़ा दिहलु रिश्ता में दूरी
सायद इ तोहरा खातीर रहे जरूरी
आश के दियना बुता दिहलु तू
प्रीत में हमके दगा दिहलु तू