देख गेरुआ में सभे रंगाईल बाटे
बाबा दुआरा त जल लेके आइल बाटे
भक्त से भरल बा देवघर पूरा गुजेला शिव सरगम
केहू अन धनवा मागे गोदी में लालनवा मांगे
केहू लभर केहू सुन्दर सजनवा मांगे
केहू पियता भगिया केहू खींचता चार चिलम
सावनवा बरसे झमाझम.......2
रउए त्रिपुरारी हई भोले भंडारी हई
महादेव नीलकंठ जोगिया जाटाधारी हई
शुभदयाल के बुझी फिलिंग बाबा
हई दुनिया के रऊआ किंग बाबा
आईसन दीही आशीषिया रहे हरदम मिजाज बम बम