एक बेर लिपट के रो लेवे दे,
माई रे मजनूवा के लास से..2
नेहिया सनेहिया के नाता टुटल जाता,
माई रे मजनुवा मोर माटी में समाता..
कईसे जीयब ज़हर पियब ऊ त चल जाई रे..
थोड़े देर में ऊ त राख में बदल जाई रे..
एक बेर लिपट के रो लेवे दे,
माई रे मजनूवा के लास से..2
आखिरी मिलन बाटे मिले से जे रोकबे,
माई रे मरलका मुंह हमरो तू देखबे..
अपना रेखवा के सरोखवा ओकरा जाये दे माई..
हमके आर. धनश्याम में समाये दे माई..
जीयते जी ऊ ना दुर हो पाई,
एक बेर लिपट के रो लेवे दे,
माई रे मजनूवा के लास से..2