तईयार बाड़ू ए घन पन्ही के साड़ी
बोला कहा जाए के बाड़े तईयारी
लागल दशहरा के मेलवा बलमुआ घुमाई देता हो
हमके गुरही जलेबियां खिआई देता हो
तोहू भईल बाड़ू बड़की सवादी धनिया
चुवल जाला तोहरे जिभिया के पानी धनिया
मन करे चरखी पे, झुले के झलुववा झुलाई देता हो
ए राजा हो गुरही जलेबियां खिआई देता हो
लेवे के बा कुछ आऊर समान हो
संगे लेले चला बतिया ला मान हो
होला मेलवा मे बड़ी ठेली ठेला धनिया
भीड़ लागल होई जाएदा अकेला धनिया
गरमे गरम समर आलोक जिभिया पे हमरे चिखाई देता हो
ए राजा हो गुरही जलेबियां खिआई देता हो