सब कुछ तोहरा पाई पाई लिहनी तबहु ना नाव करेलु,
मांगी जब प्यार से कुछु मोर धनिया त हमरा से भाव करेलु-2
अजुवे देखे के बाटे तु केतना करेल हमसे प्यार-2
चारचभर के सिकड़ी बनवाई द हो सुन बलमु हमार-2
गोर बानी काला साड़ी किन के लेआव,
तबे मेहरारू के सुख सारा पाव,
एक एक चीज तोहार ले अईनी किन के,
जेतना डिमांड सब रहेला दुल्हिन के-1
अरे होठवा के लाली मंगनी तु देखावे लगल ऐतवार-2
चारचभर के सिकड़ी बनवाई द हो सुन बलमु हमार-2
पेन्हेले दयादिन मोर हहरेला मन हो,
चलेले त पवन राजा बाजे छन छन हो,
दू भर के हार दिहनी घूंघटा उठाई,
बढ मांगटीका दिहनी सेनूरा भराई-1
पिया सर्वेश लाई द जाके अजूवे तु बलिया बाजार-2
चारचभर के सिकड़ी बनवाई द हो सुन बलमु हमार-2