लम्बे लम्बे बाल तोहार जान बडी मारेला,
नागीन छाप टीकुली सीना से दिल काढेला-2
चांद नियन रूप तोहार कईले पागल-1
गोरी हो पहिर के चलेलु जब छागल,
कानवा के झूमका बवाल करे लागल,
गोरी हो पहिर के चलेलु जब छागल-1
मिसरी से मीठ तोहार बोली बा,कहत गाँव सब टोली बा हो,
लाल पियर पेन्हेलु कपड़ा,सुरत तोहार बड़ी भोली बा हो-2
कारी कारी अंखिया लगाव काला काजल-1
गोरी हो पहिर के चलेलु जब छागल,
कानवा के झूमका सवाल करे लागल,
गोरी हो पहिर के चलेलु जब छागल-1
बाल खोलेलु त बदरा छा जाला,हंसेलु त चाँद सरमा जाला,
पवन,,,,,,,,, देखी तोहरा के सांचो के गोरी लजा जाला-2
फोनवा प केसे रहतारू लागल-1
गोरी हो पहिर के चलेलु जब छागल,
कानवा के झूमका सवाल करे लागल,
गोरी हो पहिर के चलेलु जब छागल-1