उपर से नीचे ले सुघराई,के करी केतना बड़ाई-2
खुश हो जाला जियरा जब जब बोलेली ऊ मुस्काई-1
चांनवो सरमा जाला देख के बड़ी सुनर बाड़ी भऊजाई-2
रूपवा सलोना लागे नैना शराबी,
गलिया टमाटर जईसे होठवा गुलाबी,
पेन्ही कानबाली चूड़ी कंगना हो,
काला काजरा आंख मे लगाई,पलक देली झपकाई,
सोरहो श्रृंगार कके जब देली घूंघटा उठाई-1
चांनवो सरमा जाला देख के बड़ी सुनर बाड़ी भऊजाई-2
जान मारे लाले लाले माथवा के बिन्दिया,
बड़ी मनमोहक लागे हाथवा के मेहन्दीया,
शोभेला साड़ी ब्लाउज करिया,
मुठ्ठी भर के पातर बा कमरिया-1
केशिया मे गजरा सजाई,मार सेन्ट देली गमकाई,
पवन सर्वेश सोनू विवेक के दिहले बाड़ी पगलाई-1
चांनवो सरमा जाला देख के बड़ी सुनर बाड़ी भऊजाई-2