लडका :- दीदीया तोहर साली बाड़ी खरचीली
उनके चलते कमाइम जाके दिल्ली
लडकी :- मेहरारू से बहस जीवन तहस नहस
लडका :- साड़ी साया नाया नाया पेन्हेले झार के
शॉपिंग करे हफ्ता में सुक आ सोमार के
लडकी :- जीजा जरिए के उत सवाखिन बावे हो
मेकप करेले तबे नू ऊ हसीन बावे हो
लडका :- बोली कुछु त बात नाही सहस
लडकी :- मेहरारू से बहस जीवन तहस नहस
लडकी :- शादी कइले बानी त सवख पुराई
मुंबई कमाई चाहे दिल्ली में कमाई
लडका :- शशी लाल के देख बुरा हाल बावे
तोरा बाहिनी के ठीक ना चाल बावे
बिक्की विशाल से बात सब कहस
लडकी :- मेहरारू से बहस जीवन तहस नहस