छठ घाटे होता पुजनवा बाजे बजनवा हो 2
सब तिवाई भूखल बाड़ी देइ के ध्यानवा हो 2
घरे घरे ठेकुआ छनाता बनेला पुआ हो 2
छठ घाटे होता पुजनवा बाजे बजनवा हो 2
उखिया फल हरिया लेके आइल बाड़े भईया हो 2
बाबू जी पेन्हतरे बाड़े धोतिया पियरिया हो 2
दउरा सजावताड़े होता तैयारियां हो 2
बड़ी मन भावन लागे छठ घाटे रतिया हो 2
घिउया के बारी दियरिया सुपवा सजवली हो 2
रहिय निहारत तिवई छठी माई के बोलवली हो
पानी लचकावट जले उ पी बिहारिया हो 2
तीन दिन से भूखल तिवई देवे ले अरघिया हो 2
ठेकुआ छनाला रंगल जाला चाउरवा हो 2
सेऊवा सरिफवा से सजल दउरवा हो 2
कन्हिया पर उखिया राखी के पियरी मउरवा 2
सेऊवा सरिफवा से सजल दउरवा हो 2
भोरे भोरे सारधा के बहेला धारा हो 2
छठ माई के घटिया के अजबे नजारा हो 2
एक जगहा जुटल बाटे देख गउआ सारा हो 2
छठ माई के घटिया के अजबे नजारा हो 2