तू हमार बाड़ ए राजा हमरे रह
हाथ दूसरा के ना ऐसे थमले रह
तू हमार बाड़ ए राजा हमरे रह
हाथ दूसरा के ना ऐसे थमले रह
त बाड़ दिल में समाइल लहरवा नियन
की जानी उड़ा ए राजा ए राजा
हा जानी उड़ा ए राजा तू भंवरवा नियन
जानी उड़ा ए राजा तू भंवरवा नियन
प्यार कर खाली हमके ए राजा
तनी दम धरा जा ऐसे न लड़ा जा
ए करेजा करेजा पर ना चढ़ जा
अइसे उलझन बढ़ाव ना जहरवा नियन
की जानि उड़ा ए राजा ए राजा
हा जानी उड़ा ए राजा तू भंवरवा नियन
जानी उड़ा ए राजा तू भंवरवा नियन
खाके किरियवा कहा एह मोरे राजा केकरा तू चाहेला
ताक ना एने ओने ए सुगा काहे दिलवा दहेला
आके ऊपर से तुहि बतावा हरि
प्यार हउवे ना भात के कवरवा नियन
जानी उड़ा ए हो राजा ए हो राजा
त जानी उड़ा ए राजा तू भंवरवा नियन
हा जानी उड़ा ए मोरे राजा तू भंवरवा नियन