छठी मईया, होखीं सहईया, बाटे हर बेटी के एकही पुकार--हाथ जोरी, करे अरजीया, जुग जुग जियत रहे, माई हमार--
भर$तारी कोसी देख$ माई खातिर बिटिया, कर$तारी छठी के बर$तिया कठोर--अइली उतारे बेटी दुधवा मोलवा, करजा चढ़ल पोरे पोर--गंगा तीरे ठार बाड़ी लेइके अरगिया, ऊगीं ना सुरुज भइल भोर-2!!
सब केहू छठी माई से मांगे ललानवाँ, इहे सारी दुनियाँ के बाटे चलन--जवन माई बेटी ला अँचरा पसारे, ओह के हिया से बारम्बार बा नमन--
माई में बसेला बेटी के परानवाँ, हँसे जब हँसे रोवे त$ बहे लोर--अइली उतारे बेटी दुधवा के मोलवा, करजा चढ़ल पोरे पोर--गंगा तीरे ठार बाड़ी लेइके अरगिया, उगीं ना सुरुज भइल भोर-2!!
माई सिखवलस जे छठी माई के गीतिया, याद बा ऊ बरत के विधि और नियम--कइसे करल जाला छठी माई के सिंगारवा, मन के दरपन में बा अभियो जतन--
बहँगी में सोहेला सेनूर चूड़ी बिंदिया, करेला घिउवा के दियना अँजोर--अइली उतारे बेटी दुधवा के मोलवा, करजा चढ़ल पोरे पोर--गंगा तीरे ठार बाड़ी लेइके अरगिया, उगीं ना सुरुज भइल भोर-2!!