समधी के संझिया से रहिया निहारत मनवा गइल पगलाई
मड़वा में देर होता डलवा चढ़ावे खातिर मन करे दी गरियाई
टीका चढ़ावे नाहीं, नथिया चढ़ावेला
मड़वा में पान खाके, मुंहवा चलावेला
सोने के चैन चढ़ावे ना जल्दी, मुड़ी खाली हिलावे
माड़ो में लयक़ीन पर मारेला लाइन, फोटो खाली खिंचवावे
हार के बेकार इनकर, लागता डिजाइन
गहना त फेक सारा, लउकsता साइन
ना,साड़ी बनारसी ना मंगटीका नाहीं झुमका चढ़ाबे
मंगला पर नेग खाली नखरा दिखाके जाली नोट दिखाबे