मारो-मारो समधी नहीं आया रे...
ससुरा बेचारा गुंडा बुझाला
बहनोइया बुझाला आवारा रे.…मारो-मारो…
समधी के दीदी हरमुनिया बजावे
ओपर पैसा उड़ा दिहले सारा रे
सरवा त दिन रात चिलम चढ़ावे
पूड़ी तरकारी एकरा तनिका न भावे
एके भैंसी के दिहल जा चारा रे
समधी के संझिया से रहिया निहारत मनवा गइल पगलाई
मड़वा में देर होता. डलवा चढ़ावे खातिर मन करे दी गरियाई.
टीका चढ़ावे नाहीं, नथिया चढ़ावेला
मड़वा में पान खाके, मुंहवा चलावेला
सोने के चैन चढ़ावे ना जल्दी, मुड़ी खाली हिलावे
माड़ो में लयक़ीन पर मारेला लाइन, फोटो खाली खिंचवावे...