आरे जहिया से गईल बाड़S छोड़ वृन्दाबनवा हो मनवा नाही लागत ताड़े
बाब के भवनवा इ मनवा नाही लागत ताड़े
जहिया से गईल बाड़S छोड़ी वृन्दाबनवा हो मनवा नाही लागत ताड़े
बाब के भवनवा इ मनवा नाही लागत ताड़े
जब से गईल बाड़ कान्हा भेजल ना पतिया
माजा में रखले बाड़S कवनो सवतिया
ओही दिन से खात नइखी कवनो हम खानवा हो मनवा नाही लागत ताड़े
बाब के भवनवा हो मनवा नाही लागत तडुवे
जियरा बैयाकुल मिले ना खबरिया
मन करे मर जाई खाई के जहरवा
लेके गइले छीनी हमार मीठ मुस्कनवा हो मनवा नाही लागत ताड़े
बाब के भवनवा मनवा नाही लागत तडुवे
जहिया से गईल बाड़S छोड़ वृन्दाबनवा हो मनवा नाही लागत ताड़े
बाब के भवनवा हो मनवा नाही लागत ताड़े