चली आई हम लोग गायक विशाल पांडेय तमाम भोजपुरिया समाज के पैर छू के प्रणाम करत बानी
आज टीम फिल्म के स्टूडियो में सब कलकार के जुटान लागल बा फिर से एगो गाना गाये के मौका मिलल बा
आप सब के बीच प्रस्तुत करतानी आप सब जरूर प्यार देब इ बात ओ समय के बा कृष्ण जी के जन्म भइल रहे
शिव जी मिले खातिर लालायित भईल रहे
अरे शिव जी चाहनी चरनिया पखार लिहति
कइसन बाड़े प्रभु रुपवा निहार लिहती
शिव जी चाहनी चरनिया पखार लिहनी
कइसन बाड़े प्रभु रुपवा निहार लिहती
जे भोले बाबा जी हो नन्द घरे गइले
कान्हा जी मने मन खूब मुस्काईले
एक बेर अंखिया से आरती उतार लिहति
अंखिया से आरती उतार लिहति
कइसन बाड़े प्रभु रुपवा निहार लिहती
बाड़े लालाइत करे खातिर दर्शनवा
पूरा मनवा के मन्शा हमार पूरा कई दी
कइसन बाड़े प्रभु रुपवा निहार लिहती
शिव जी चाहनी चरनिया पखार लिहति
कइसन बाड़े प्रभु रुपवा निहार लिहती