चली आई सभी भोजपुरी समाज श्रोता के हम लोग गायक विशाल पाण्डेय ऐजे से सब लोग के पैर छू के प्रणाम करतानी आशीर्वाद के कामना रही एगो भजन लेके आईल बानी इ बात ओ समय के बा जब श्री राम जी बन में गइल रहले का भजन के भाव बा सुनावतानी आप सब लोग के
सोची सोची के केकई बतिया भरत के छतिया फाटे ए राम
आरे सोची सोची के केकई बतिया भरत के छतिया फाटे ए राम
भईल कवन हमसे गलतिया ए राम
भईया मोरे जंगलवा गइले ए राम
भईल कवन हमसे गलतिया ए राम
भईया मोरे जंगलवा गइले ए राम
राजा बनाइती पेन्हाईती मुकुट हाथे
चरण के धुलिया लगाईं टी हम अपना माथे
राजा बनाइती पेन्हाईती मुकुट हाथे
चरण के धुलिया लगाईं टी हम अपना माथे
केहू नाही कुछु समझाये ए राम
केहू नाही कुछु समझाये ओ राम
ना जाने मोरे जंगलवा गइले ए राम
भईल कवन हमसे गलतिया ए राम
भईया मोरे जंगलवा गइले ए राम
होते बिहन्वा हम जंगलवा में जाईती
खानवा ना खाइती भैया के जब ले ना लाईती
होते बिहन्वा हम जंगलवा में जाईती
खानवा ना खाइती भैया के जब ले ना लाईती
कहे कमलेश पाठक बतिया छतिया कठोर काहे कइले हो राम
ना जाने मोरे जंगलवा गइले ए राम
भईया मोरे जंगलवा गइले ए राम