LyricFind Logo
LyricFind Logo
Profile image icon
Lyric cover art

Sasurari Tirth

Apple Music logo
Deezer logo
Spotify logo
Lyrics
चली आई भैया हम लोग गायक विशाल पांडेय फिर से वही टीम के साथ आप सब के सेवा में एगो गीत लेके आईल बानी
जवन आजकल के कलजुग में जवन घटना होता ओकरे पर आधारित बा लोग जन्म देवे आली माता के भुला जाता शादी हो जाता त
सारा चीज ससुरारिये हो जाता त आई वही भाव में एगो गीत आप सब के सामने प्रस्तुत करतानी
की माई बाबू बैठी के घरवा में रोवे ली
बेटवा बा कइले लाचारी ए राम
देवता नियन उ त मेहरी के पूजे
सब तीर्थ भईल ससुरारी ए राम
माई बाबू बैठी के घरवा में रोवे ली
बेटवा बा कइले लाचारी ए राम
ऐ हो देवता नियन उ त मेहरी के पूजे
सब तीर्थ भईल ससुरारी ए राम
सबका से बड़ हितई भईल सडुवना
ना जाने कवना घाटे लागी जमाना
सास ससुर के उ रोज गोड़ लागे
बाबू माई सुनतारे गारी ए राम
देवता नियन उ त मेहरी के पूजे
सब तीर्थ भईल ससुरारी ए राम
पाठक कमलेश कहे दुनिया के प्रितिया
हे भगवान् कइसे बाची इजतिया
पाठक कमलेश कहे दुनिया के प्रितिया
हे भगवान् कइसे बाची इजतिया
बेटिया हाफ पेंट पहिन के घूमे
पूरा इजतिया उतारी ए राम
देवता नियन उ त मेहरी के पूजे
सब तीर्थ भईल ससुरारी ए राम
बाबू माई सुनतारे गारी ए राम
ए हो देवता नियन उ त मेहरी के पूजे
सब तीर्थ भईल ससुरारी ए राम

WRITERS

KAMALESH KUMAR PATHAK

PUBLISHERS

Lyrics © ViaNet Media Pvt. Ltd.

Share icon and text

Share


See A Problem With Something?

Lyrics

Other