शुरू बलिया से होला रंगदारी ऐ राजा २
सभे होला दबंग करे जंगे पर जंग
सभे रखे हथियार सरकारी ऐ राजा
शुरू बलिया से होला रंगदारी ऐ राजा २
सभे चालेला यहाँ सिनवा के तान के २
हल्का मे लिह जाने बढ़ावा जवान के २
बड़े बड़े लोग यहाँ गिरेला पाव मे
नोट बरसेला खाली नाच या चुनाव मे
ब से होला बलवान ल से लेई लेला जान
खाली नाम से डरेला अधिकारी ऐ राजा
शुरू बलिया से होला रंगदारी ऐ राजा
समय से पहिले मिलाल बा आजादी २
वीरवान् के धरती हैं जिला हमार बागी २
जिला बाहुबली हवे कई दिहि नास रे
खोल जानी बबुआ मोर इतिहास रे
बाटे गरम मिजाज लोग हवे रंगबाज
यहाँ होले मंगल जस क्रांति कारी ऐ राजा
शुरू बलिया से होला रंगदारी ऐ राजा २